भोजपुरिया व्यंग्य : मेहरारू के भुला सकेला, रजाई के ना

प्रभुनाथ शुक्ल
3 Min Read

जाड़े के मौसम आवते ही ठंड महारानी पूरा हुकूमत संभाल लेली। जइसे कवनो नया कलेक्टर जिला में आ गइल होखस। गाँव-शहर सब जगह एक्के कानून लागू रजाई में रहब या फिर पछतइब! सुबह के अलार्म बाजेला त लोगन के लागत बा कि ई अलार्म ना, दुश्मन के बिगुल ह। आँख खुलते ही आदमी पहिला दर्शन करेला। धुआँ छोड़त आपन साँस ऊ सोचेला हे भगवान, हम जिंदा बानी कि प्रिâज में रखाइल कवनो मुर्गा।

ठंड में सबसे जादा प्रेम रजाई से हो जाला। आदमी आपन मेहरारू के भुला सकेला, बाकि रजाई के ना। जे रजाई छोड़ के बाहर निकल जाला, ओकरा के समाज वीर पुरुष घोषित कर देला। बाकि सच पूछीं त ऊ वीर ना, मजबूर होला, काहे कि ऑफिस जाए के डर रजाई से बड़हन होला।


एही मौसम में पकौड़ी, बड़ा अउरी चाय के डिमांड अचानक बढ़ जाली, घर में जइसे ही कवनो कह देला गरमा-गरम कुछ बनाइए, पूरा परिवार एक्टिव मोड में आ जाला। ठंड में भूख कम अउरी फरमाइश जादा हो जाली। लोग हीटर चलाके ओहू के सामने हाथ सेंकेला अउरी बिजली बिल देख के फेर काँपे लागेला ठंड दु तरफा हमला करेली, शरीर पर भी अउर जेब पर भी।

ये भी पढ़े ; व्यंग्य : आम चूसने की ख़ास कला


बच्चन के स्कूल जाए के समय आवेला त असली महाभारत शुरू होला। माई कहेली उठऽ, देर हो रहल बा। लइका रजाई में घुस के जवाब देला, आज हमार तबीयत खराब बा। ऊ तबीयत खराब ना, मौसम के प्रभाव होला। स्कूल बस आवे त बच्चा एही तरह मुंह बनावेला जइसे ओकरा के सियाचिन भेजल जात होखे।


बाजार में स्वेटर-मफलर वाला दुकानन पर भीड़ लाग जाली। लोग तीन-तीन कपड़ा पहिन के घूमेला अउरी तबो कहेला, आज त बहुते ठंड बा भाई। रेलवे स्टेशन, बस अड्डा पर अलाव जरेला अउरी चार आदमी ओकरा चारो ओर खड़ा होके राष्ट्रीय समस्या पर चर्चा करेला कि ठंड बढ़ गइल बा, सरकार कुछ करत नइखे।

असल में ठंड कवनो साधारण मौसम ना, ई एगो मानसिक अवस्था ह। ई आदमी के आलसी बना देली, देर से उठावे सिखा देली अउरी गरम चीज के महत्व समझा देली। जाड़ा जब करेर होला त हमरा गाँव-देश के लोग मायानगरी यानी मुंबई भागेला, उहाँ ठंड के कवनऊ असर नइखे दिखेला। अपन के गाँव में त हरजाई ठंड रजाई से भी नइखे मानेला।

प्रभुनाथ शुक्ल, भदोही (उत्तर प्रदेश)

Share This Article
मैं प्रभुनाथ शुक्ला, उत्तर प्रदेश के भदोही जनपद से हूँ। जिसकी पहचान दुनिया में खूबसूरत बेल-बूटेदार कालीन के निर्माण से है। मैं स्वतंत्र पत्रकारिता के पेशे से जुड़ा हुआ हूं। समसामयिक विषयों पर लेखन करता हूं। हिंदुस्तान, जनसंदेश टाइम्स, स्वतंत्र भारत अख़बार का मैं काम कर चुका हूं। इस समय मैं देश की बहुभाषी समाचार एजेंसी हिंदुस्तान समाचार का में कार्यरत हूँ।देश के सम्मानित समाचार पत्रों में मेरे आलेख नियमित प्रकाशित होते रहते हैं जनसत्ता,हरिभूमि,दैनिक जागरण, स्वदेश पीपल समाचार ,सुबह सबेरे, दैनिक सबेरा, पंजाब केसरी, दबंग दुनिया समेत अनेक सम्मानित समाचार पत्र और पत्रिकाओं के साथ बेवपोर्टल शामिल हैं। मैं विशेष रूप से राजनीति, महिला, पर्यावरण, सामाजिक मसले बच्चों की कहानियां, बाल कविताएं, कविताएं, व्यंग्य, कटाक्ष और दूसरी विधाओं में लेखन करता हूं। वर्तमान समय में मैं हिंदुस्तान समाचार एजेंसी में कार्यरत हूं। पत्रकारिता में मेरा 20 वर्षों कैरियर है। साहित्य, किताबों को पढ़ना और अच्छे लोगों से संबंध बनाना मेरी पहली प्राथमिकता है। सोशलमीडिया के सभी प्लेटफार्म पर मैं उपलब्ध हूँ। मैं सिर्फ अपने कर्म पर विश्वास करता हूं और दुनिया को नियंत्रित करने वाली अदृश्य शक्ति जिसे मैं ईश्वर कहता हूं उस पर विश्वास करता हूं।
Leave a Comment

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *